माटी में सोना हेराइल बा (Mati Me Sona Herail Ba) Song Lyrics – Omprakash Yadav, Anurag Saikia | Bheed

Mati Me Sona Herail Ba Lyrics in Hindi – Full Song Lyrics (माटी में सोना हेराइल बा)

खुनवा पसीना शहरिया में भैया
कौड़ी के भाव में बिकाइल बा
खुनवा पसीना शहरिया में भैया
कौड़ी के भाव में बिकाइल बा

चल उड़ चल सुगना गौँवा के ओर
जहाँ माटी में सोना हेराइल बा
माटी में सोना हेराइल बा

घर अंगनैया के सपना सजा के
मशीनियों से बेसी देहियाँ खटवनी

घर अंगनैया के सपना सजा के
मशीनियों से बेसी देहियाँ खटवनी
हाय रे करम यही पेटवा के खातिर
कबो वॉचमन के ड्यूटी बजौनी

भीड़ में अइसे छिटा गइनी जइसे
भीड़ में अइसे छिटा गइनी जइसे
बोरा से सरसों छिटाइल बा

चल उड़ चल सुगना गौँवा के ओर
जहाँ माटी में सोना हेराइल बा
माटी में सोना हेराइल बा

कवने क़ानूनवा में हम हन घेरैनी
कवन बहेलिया बिछावे रे जाल
काहे भइल बा एतना लाचारी
सुई दवाई एगो टिकिया मोहाल

हाकिम लो कीड़ा मकोड़ा बुझे
कीटनाशक हमन पे छिड़काइल बा
चल उड़ चल सुगना गौँवा के ओर
जहाँ माटी में सोना हेराइल बा
माटी में सोना हेराइल बा

भटके शहरिया में ए भैया जेकर
खेत खरीहनवा हो बाटे छिनाइल

भटके शहरिया में ए भैया जेकर
खेत खरीहनवा हो बाटे छिनाइल
गहना गुरिया के बतिये न पूछा
बाटे सवांग मोरा बनकी धराईल

धुआँ धुआँ हो गईली आल्हर जवनियाँ
धुआँ धुआँ हो गईली आल्हर जवनियाँ
चूल्हा में ऐसे झोकाइल बा
चल उड़ चल सुगना गौँवा के ओर
जहाँ माटी में सोना हेराइल बा
माटी में सोना हेराइल बा

जतिया धर्मवा के अइसन अफीम हो
सुतही से केहु चटा वे हो राम
हथवा में लेके नफरत के लासा
धीरे से केहू सटावे हो राम

बच के जिया तनी बच के पिया
एही कुइयां में भंगिया घोराइल बा
चल उड़ चल सुगना गौँवा के ओर
जहाँ माटी में सोना हेराइल बा
माटी में सोना हेराइल बा

गीतकार: डॉ. सागर


About Mati Me Sona Herail Ba (माटी में सोना हेराइल बा) Song

"Herail Ba" गाना movie Bheed का एक मशहूर (popular) ट्रैक है, जिसमें Rajkummar Rao मुख्य भूमिका (lead role) में हैं। ये गाना Omprakash Yadav और Anurag Saikia ने गाया है, जबकि music भी Anurag Saikia ने ही compose किया है। Lyrics Dr Sagar ने लिखे हैं, जो गाँव (village) और शहर (city) के बीच के contrast को दिखाते हैं। गाने में किसानों (farmers) और मजदूरों (labourers) की मुश्किलें, पैसे की तंगी (money problems), और गाँव की याद (memories of village) को बहुत खूबसूरती से बताया गया है।

इसके बोल (lyrics) जैसे "खुनवा पसीना शहरिया में भैया, कौड़ी के भाव में बिकाइल बा" शहर में मेहनत (hard work) और गरीबी (poverty) को दिखाते हैं। वहीं, "चल उड़ चल सुगना गौँवा के ओर, जहाँ माटी में सोना हेराइल बा" जैसे lines गाँव की तरफ लौटने (returning to roots) की इच्छा को express करते हैं। Music में folk और modern touch का mix है, जो listeners को emotional कर देता है।

ये गाना T-series के द्वारा release किया गया है और social issues पर आधारित है। अगर आपको meaningful और soulful songs पसंद हैं, तो "Herail Ba" जरूर सुनें। ये ना सिर्फ entertain करता है, बल्कि समाज (society) के बारे में सोचने पर भी मजबूर करता है।

Movie / Album / EP / Web Series